Jump to content

हिजरी साल

विकिपीडिया से

हिजरी साल, चाहे हिजरी युग, इस्लामी कैलेंडर के साल ह। एह साल के हिसाब से गणना के शुरुआत इस्लामी नया स���ल के ओह दिन से होला जहिया मोहम्मद अपना अनुयाई लोगन के साथे मक्का से मदीना के जात्रा कइलें, 622 ईसवी में। एह घटना के हिजरत भा हिजरः कहल जाला आ इहे इस्लाम (उम्माह) के शुरुआत आ अस्थापना के तिथी मानल जाला।

हिजरी साल के हिंदी-भोजपुरी में हि. संछेपाक्षर से लिखल जाला आ अंग्रेज़ी में AH लिखल जाला (Anno Hegirae के संछेप रूप) जबकि ब्रिटिश काल में एकरा के BH (Before the Hijrah) लिखल जाव।

इस्लामी कैलेंडर चंद्रमा आधारित कैलेंडर हवे आ एह में एक साल में, चंद्रमा के चक्कर के आधार प बारह गो महिन्ना, आ एह तरीका से 354 चाहे 355 दिन होखे लें। एकर मतलब ई कि इस्लामी साल भा हिजरी साल ग्रेगोरियन कैलेंडर के साल से करीबन 10 दिन कम के (छोट) होखे ला।