Jump to content

कर्मकांड

विकिपीडिया से

हिंदू धर्म में, धार्मिक कामकाज से जुड़ल कर्म सभ कर्मकांड (संस्कृत: कर्मकाण्ड) ह। मूल रूप से, भारतीय संस्कृति के मूल ग्रंथ वेद सभ के अइसन हिस्सा ह जे यज्ञ आ अउरी धार्मिक रीति सभ के काम के ब्राह्मण (पुरोहित) के माध्यम से, ओकरा के दक्षिणा दे के, सुख-संपति आ मुक्ति खातिर करावल जाला। मानल जाला कि वैदिक उत्कर्ष के जमाना में ई कर्मकांड ओकर सभसे महान प्रतीक रहल आ आगे जा के एही के बेसीपन वैदिक संस्कृति के गिरावट के कारन बनल।[1]

अपना वर्तमान रूप में ई हिंदू धर्म के सगरी वर्तमान रीति रिवाज सभ के आ पूजा सभ के समय बाभन से करावल जाए वाला सगरी काम सभ के शामिल करे ला। आमतौर प, आजकाल्ह के समय में, एह बिद्या के पढ़ाई संस्कृत बिद्यालय सभ में होखे ला; हालाँकि, अब कई प्रतिष्ठित विश्वविद्यालय एकरा के अपना करीकुलम में शामिल कइले बाड़ें आ एह बिसय में डिग्री डिप्लोमा दे रहल बाड़ें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. जैन, हीरालाल. "जैन शिलालेख संग्रह". In शास्त्री, मंगलदेव (ed.). भारतीय संस्कृति का विकास: वैदिक धारा (हिंदी में). नई दिल्ली: भारतीय ज्ञानपीठ. p. 134. Retrieved 23 अक्टूबर 2023.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]